नेपाल भोजपुरी समाज के फगुआ मिलन समारोह

पिछला दिने नेपाल भोजपुरी समाज, वीरगंज के फगुआ मिलन समारोह “रंगन के त्योहार” मनावल गइल. नेपाल भोजपुरी समाज के अध्यक्ष रामदेव प्रसाद श्रीवास्तव के अध्यक्षता में कुम्हालटोल वार्ड न. 5 में भइल एह कार्यक्रम में विशिष्ट अथिति रहलें हिंदी साहित्य परिषद् के अध्यक्ष ओम प्रकाश सिकरिया, आ साहित्यकार-लेखक दिनेश गुप्ता.

एह कार्यक्रम में नेपाल भोजपुरी समाज के सदस्य आ सामाजिक अभियंता प्रकाश थारू शब्दन के स्वागत फूल बरसवलन. वरिष्ठ भोजपुरिया सिपाही विजय प्रकाश बिन जी के शुभकामना रंग से कार्यक्रम सराबोर भइल.

कार्यक्रम में भोजपुरिया रंग खूब बरसल. फगुनहट के बेयार में पुरा समाज रंगाइल रहे. संगीतकार अजमत अली अंसारी के बाँसुरी के धुन आ तबलवादक चंदन दास के तबला के थाप से कार्यक्रम जगमगाइल रहे. नेपाल भोजपुरी समाज के संस्थापक-अध्यक्ष पंडित दीपनारायण मिश्र जी के लिखल गीत अज़मत अली के सुर से सजके कार्यक्रम के रंगारंग बना दिहलसि.

नेपाल भोजपुरी समाज के उपाध्यक्ष ध्रुव सिंह ठकुरी के भोजपुरी के तान से फगुनाहट के बेयार समूचा वीरगंज आ भोजपुरिया समाज ले चहुँपल. त नेपाल भोजपुरी समाज के सचिव आ भोजपुरी ग़ज़ल-गीत के नवका हस्ताक्षर रितु राज के विरह गीत से कार्यक्रम में पीड़ा के रंगो छलकल.

कवि अरुण विक्रम शाह, मोती उर-रहमान, रामशीष प्रसाद धानुक रचना पाठ कइलें. कार्यक्रम में आपन वीरगंज के अध्यक्ष मिथिलेश चौरसिया, उपाध्यक्ष अशोक कुशवाहा, द पब्लिक हिन्दी पत्रिका से मनोज कुमार वर्मा, सानो पाईला से शैलेंद्र त्रिपाठी, अक्षिता श्रीवास्तव, अजीत श्रीवास्तव, आनंद यादव वगैरह के सहभागिता रहल. कार्यक्रम के सहजीकरण नेपाल भोजपुरी समाज के सचिव रितु राज कइलें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।