नेहाश्री के देखि के लाडला खेसारी लाल के दिल काबू मे नइखे रहि जात

Khesari-NehaShree
भोजपुरी सिनेमा के ‘लाडला’ सुपर स्टार खेसारी लाल यादव के दिल राजस्थानी सिनेस्टार नेहाश्री के प्यार अइसन दिवान बन गइल बा कि खेसारी लाल यादव नाचत बाड़े, गावत बाड़े, झूमत बाड़े आ बेर बेर इहे कहत बाड़न कि ‘काबू में शरीर नइखे, हमार दिल सीना मे ना आंटऽता.’ आ ई सुनि सुनि के नेहाश्री इतरात बाड़ी, इठलात बाड़ी आ खेसारी लाल यादव के रिझावत बाड़ी.

बात त रउरो जान गइल होखब कि बात फिलिम के होखत बा. सुपर स्टार खेसारी लाल यादव के सिल्वर जुबली 25वीं भोजपुरी फिलिम ‘लाडला’ के.

कृति इन्टरटेनमेंट प्रस्तुति आ आस्था आर्ट अउर रंजीत सिंह इन्टरटेनमेंट के फिलिम ‘लाडला’ के निर्माता निलाभ तिवारी अउर रंजीत सिंह, सह निर्माता नन्हे पाण्डेय, निर्देशक प्रेमांशु सिंह, कथा पटकथा आ संवाद लेखक नन्हे पाण्डेय, गीतकार आजाद सिंह, संगीतकार घुंघरू, छायाकार प्रमोद पाण्डेय, आ नृत्य निर्देशक राम देवन

मुख्य कलाकारन मे खेसारी लाल यादव, रंजीत सिंह, नेहाश्री, बृजेश त्रिपाठी, सुबोध सेठ, अनूप अरोरा, राहुल श्रीवास्तव, विनोद मिश्रा, स्वीटी सिंह, माया यादव वगैरह शामिल बाड़े.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।