नेहाश्री सिंह.के कहना बा कि ‘प्यार कवनो खेल ना ह‘

NehaShree2..प्यार मोहब्बत दिल के बात होला आ बातन के का. केहू दिल से प्यार करेला त केहू दिमाग से. बाकिर प्यार कइल ना जाव बस हो जाला.

जी हँ, राजस्थानी सुपर स्टार अभिनेत्री .नेहाश्री सिंह अभिनीत आ जल्दिए रिलीज होखे जात भोजपुरी फिलिम ‘प्यार कवनो खेल ना ह‘ में इहे संदेश देबे के कोशिश भइल बा. एह फिलिम के केन्द्रीय भूमिका निभा में नेहाश्री सिंह एगो टूअर बेटी के किरदार में बाड़ी जेकरा अपना महतारी बाप के प्यार नसीबे ना भइल आ प्रियतमो के प्यार मिले में खतरा बा.

निर्माता निदर्शक राकेश कुमार अपना कंपनी राकेश सिने मिडिया प्रा. लि. के बैनर तले एह फिलिम ‘प्यार कवनो खेल ना ह‘ के बनवले बाड़े. पूरा तरह से एक्शन, रोमांस, स्वस्थ मनोरंजन आ सुने सुनावे लायक संगीर से सजल होखी ई फिलिम. एकर आडियो क्षेत्रीय संगीत के नंबर वन म्यूजिक कंपनी एंगल म्यूजिक पर जारी भइल बा. आडियो पहिलही से हिट हो गइल बा. एकर नौ गो गाना में खेसारीलाल यादव, विनोद राठोर, इंदु सोनाली, खुशबू जैन आ आलोक कुमार के आवाज बा. गीतकार हउवें महेश परदेशी, कृष्ण बेददी, आ श्याम देहाती. संगीत दिहले बाड़न एम. एम ब्रदर.

छायांकन बिरजू चौधरी, डांस विशाल, फ़ाइट पप्पू कराटे, मेकअप आर्टिस्ट धर्मवीर बाड़े एह फिलिम के. मुख्य भूमिका में .नेहाश्री, खेसारी लाल यादव, लाडो मधेसिया, अरुण कुमार, अनीता सिंह, सी.पी. भट्ट, मो. आरिफ, सिराज भगत आ उमेश सिंह वगैरह बाड़ें.


(अपना न्यूज)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।