नोएडा आ लखनऊ का बाद अब कानपुर, आगरा आ मेरठो में चली मेट्रो


यूपी के तीन गो अउर महानगरन – कानपुर, आगरा अउर मेरठ – में मेट्रो सेवा शुरु कइल जाई. एकर फैसला बियफे का दिने भइल यूपी कैबिनेट का मीटिंग में लीहल गइल बा. ई काम साल 2024 ले पूरा करा लीहल जाई. तीनों शहरन में मेट्रो रेल के दू दू गो कारीडोर होखी. कानपुर आ आगरा मेट्रो तीस तीस किलोमीटर के दूरी नापी त मेरठ मेट्रो तैंतीस किलोमीटर के. एह तीनो मेट्रो के बनवावे में करीब चउवालिस हजार करोड़ रुपिया के खरचा आई.
कैबिनेट में इहो फैसला भइल कि कसाईघर शहर का बहरा बनावल जइहें सँ आ शहर का इलाका में गंदगी फइलावे वाला ई काम ना होखी.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।