नौरंगिया गोलीकांड में बेकसूरन के फँसावे पर बात बिगड़ जाई

लोजपा नेता चिराग पासवान लौरिया के भगत सिहं चौक पर अपना समर्थकन के संबोधित करत कहलन कि अगर नौरंगिया गोलीकांड में जवन सात सौ लोग पर मुकदमा लादल गइल बा अगर ओह लोग के परेशान कइल गइल त सगरी बिहार जर उठी. भाजपा एह गोलीकाड के पहिलही से खिलाफत करत बिया. अब बिहार सरकारो फैसला लिहले बिया कि एह गोलीकाड के न्यायायिक जाँच करावल जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।