न्यायाधीश पी॰ सतासीवम के मुख्य न्यायाधीश के किरिया धरावल गइल

आजु सबेरे राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी न्यायाधीश पी॰ सतासीवम के भारत के मुख्य न्यायाधीश पद के किरया धरवलें. न्यायाधीश पी॰ सतासीवम देश के चालीसवाँ आ तमिलनाडु से आवे वाला पहिला मुख्य न्यायाधीश हउवें. ऊ अगिला साल 26 अप्रैल 2014 ले एह पद पर बनल रहीहें. एहसे पहिले काल्हु बियफे का दिने मुख्य न्यायाधीश अल्तमस कबीर रिटायर कर गइलें.

एह किरिया धरावे का मौका पर राष्ट्रपति भवन में आयोजित एह समारोह में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह समेत अनेके बड़ पदाधिकारी मौजूद रहलें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।