पंकज केसरी करीहन "प्यार जिंदाबाद"

आठ मई से बिहार में “प्यार जिंदाबाद” क नारा गूंजे वाला बा आ एह नारा के बुलंद करीहन पंकज केसरी. कई साल पहिले अमिताभ बच्चन आ रजनीकांत क लेके अनेके हिट फिल्म बना चुकल श्री राघवेन्द्र फिल्म्स अब उत्तर भारत क रुख कइले बाड़न आ भोजपुरी फिलिम “प्यार जिंदाबाद” के निर्माण कइले बाड़न.

पंकज केसरी आ सेजल शर्मा के रोमांटिक भूमिका वाली ई फिलिम एही शुक्र से रिलीज़ होखत बा. फिल्म के कहानी साँच प्यार के तलाश में एगो नवही के संघर्ष पर बा. फिल्म में रोमांस आ एक्शन के बढ़िया मिश्रण बा. फिल्म के बाकी कलाकारन में हीरालाल यादव, सिद्धार्थ शर्मा आ राजीव यादव शामिल बाड़ें.

निर्माता काशी जी, निर्देशक मोहन राव, संगीतकार सिद्दार्थ श्रीवास्तव, गीतकार श्याम जी श्याम आ लेखक राजीव यादव हउवें. है. फिल्म क पूरा शूटिंग हैदराबाद के रामोजी राव फिल्म सिटी में भइल बा. निर्माता काशी जी के कहना बा कि एगो सधल स्क्रिप्ट पर बनल एह फिल्म में मनोरंजन के भरपूर मसाला बा जवना चलते दर्शक एकरा के जरूर पसंद करीहें.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।