पंचायती चुनाव के अधिसूचना जारी

बिहार के पंचायती राज संस्थावन के पदन – मुखिया, सरपंच, पंच, ग्राम पंचायत वार्ड सदस्य, आ पंचायत समिति सदस्य – ला होखे वाला चुनाव के पहिलका दौर ला अधिसूचना आजु जारी हो गइल.
राज्य निर्वाचन आयोग के सचिव दुर्गेश नंदन बतवले बाड़न कि 60 गो प्रखंडन में काल्हु से नामांकन के काम शुरू हो जाई.
एह दौर ला 9 मार्च ले परचा दाखिल करावल जा सकी. 12 तारीख के परचन के जांच होखी आ 14 तारीख ले लोग आपन पाम वापिस ले सकी.
एह चरण के मतदान 24 अप्रैल के होखी.
गौरतलब बा कि राज्य में दस चरण में 24 अप्रैल से 30 मई का बीच चुनाव करावल जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।