‘पंचायत‘ की शूटिंग राजपीपला में शुरू भइल

आई के मूवीज फिलिमस के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘पंचायत‘ के शूटिंग आजुकाल्ह गुजरात के राजपीपला, खीड़किया में करावल जात बा. एह फिलिम में विराज भटट आ काजल रेघानी के जोड़ी फेरू एक बेर परदा पर नजर आई. ई फिलिम ओह गँवई पंचायतन के कहानी ह जिनकर अदालत गांवे में लागेला आ ओहिजे फैसलो हो जाला. एह में हरमेसा न्याये ना होला, बड़कन के अत्याचारो होला. एही पंचायती अत्याचार के एह फिलिम में देखावल गइल बा. मारधड़ भरल एह फिलिम में मनोरंजनो बहुत बा.

निर्माता एम इम्तियाज खान, लेखक निर्देशक फिरोज खान, गीत अशोक सिन्हा, संगीत गुणवंत सेन, नृत्य एफ खान, आ छायाकंन फिरोज खान के बा.

मुख्य कलाकारन में विराज भटट, काजल रेघानी, तनु श्री, मनोज टाईगर, ब्रजेश त्रिपाठी, गिरिश शर्मा, अजय शर्मा, परवीन शेख, अनूप अरोड़ा, रवि वगैरह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।