‘पंचायत’ के संगीत मुहूर्त भइल मुम्बई में

आई.के. मूवीज फिल्म्स के बैनर तले बने जात फिल्म ‘पंचायत’ के संगीतमय मुर्हूत पिछला दिने मुम्बई के गोरेगांव के प्लेटिनम स्टूडियो में पार्श्व गायक उदित नारायण नारियल तूड़के कइलन. एह मौका पर बतावल गइल कि ‘पंचायत’ खालिस कामर्शियल फिल्म होखी. गाने बहुते बढ़िया बाड़ी सँ आ फिलिम मनोरंजन भरल पारिवारिक एक्शन फिलिम होखी. संगीत गुणवंत सेन के बा. लेखक-निर्देशक फिरोज खान, गीतकार अशोक सिन्हा, नृत्य निर्देशक एफ खान, छायांकन फिरोज खान के बा.

मुहूर्त के शुभ अवसर पर फिल्म जगत के खासमखास लोग में विराज भट्ट, काजल राघवानी, ब्रजेश त्रिपाठी, ब्रजेश मौर्या, शरद राय, नरेन्द्र उपाध्याय, गौरी विश्वकर्मा, आलोक यादव वगैरह मौजूद रहलें.

निर्माता एम. इम्तियाज खान कहलें कि शूटिंग 6 नवंबर से गुजरात आ मुम्बई के लोकेशन पर कइल जाई. कहानी गाँव के सरोकारन से जुड़ल बा जवना के सगरी फैसला ओहिजा के पंचायते करेला.

मुख्य कलाकारन में विराज भट्ट, काजल राघवानी, तनुश्री, मनोज टाईगर, ब्रजेश त्रिपाठी, गिरीश शर्मा, अजय शर्मा, फरीन शेख, अनूप अरोरा वगैरह शामिल रहीहें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।