पंचायत चुनाव के पहिला चरण

आजु बिहार में पंचायत चुनाव के पहिलका दौर के मतदान चल रहल बा. हर मतदाता छह गो पद, मुखिया, सरपंच, पंच, पंचायत सदस्य, पंचायत समिति सदस्य आ जिला परिषद सदस्य, खातिर आपन प्रतिनिधि चुनी. आजु नक्सल प्रभावित इलाका में मतदान जल्दिये पूरा करा लिहल गइल. एह मतदान में ईवीएम मशीन के इस्तेमाल नइखे होत. छपरा जिला के रिविलगंज में वोटरन के रुपिया बाँटे का आरोप में एगो आदमी के गिरफ्तार कर लिहल गइल. काल्हु साँझ पश्चिमी चंपारण के बगहा में मेहुरा सिंहाड़ी पंचायत के एगो उम्मीदवार के करीब तीस हजार रुपिया नकदी रखला का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।