पंचायत चुनाव में यूपी के मंत्रियन के अनेके रिश्तेदारन के हार

यूपी पंचायत चुनाव में सरकार चलावत सपा के अनेके मंत्रियन के रिश्तेदारन के हार के मुँह देखे के पड़ल बा जवन सपा खातिर चिन्ता के बात लागत बा. बूथ कब्जा करे के आरोपी तोताराम यादव के हालत अतना पतरा गइल कि ऊ कवनो गिनिती में नइखन मानल जात.
आज सबेरे ले क्षेत्र पंचायत के 77,576 में से 67,754 वार्ड के नतीजा आ गइल रहुवे बाकिर जिला पंचायत सदस्यन के 3,112 पद में से मुश्किल से तीन सौ नतीजा सोझा आइल बा. एह बीच जिला पंचायत के 18 गो सदस्य निर्विरोध चुनाइल बाड़ें आ मुस्लिम राजनीति करे वाला ओवैसी के गोल चार गो सीट जीत लिहले बावे.
उमेद बा कि आजु सगरी परिणाम निकल जाई.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।