पटना के सड़कन पर रिक्शा चलावत लउकलें विनय आनंद

BihariRickshawalaVinayAnandसिनेमा भोजपुरी के सदाबहार अभिनेता आ हिन्दी सिनेमा के सुपर स्टार गोविंदा के भगीना, विनय आनंद के आखिर अइसन का मजबूरी आ गइल जे उनका पटना का सड़कन पर रिक्शा चलावे पड़ल? जानते बानी कि अबही ले विनय आनंद बिसियो हिन्दी आ भोजपुरी फिलिमन में अपना अभिनय से दर्शकन के दिल जीतले बाड़न त अब अगर उनका रिक्शा चलावे के पड़ल त दर्शक का सोचीहें?

असल में विनय आनंद के अपना आवे वाली फिलिम ‘बिहारी रिक्शावाला’ के शूटिंग खातिर पूरा फिलिम में रिक्शा चलावे पड़ल. निर्देशक उनका से दिन दिन भर रिक्शा चलवावसु जवना से विनय आनंद के पॉंच किलो वजन कम हो गइल. रिक्शा चलवला का बाद उनकर पूरा देह दरद करे लागे लेकिन अन्जान शहर में आखिर उनुका के चिन्हे के? रहे खातिर घरो ना रहे से कवनो चौक चौराहा पर चादर बिछाके सूते पड़त रहे. आ फजीरही से उठके रिक्शा चलावे पड़त रहे. विनय आनंद बतवले कि रिक्शा चलावल मामूली बात ना होखे, हाड़तोड़ मेहनत करे के होला. अगर लोग के वजन कम करे के बा त रोज दू घंटा रिक्शा चलावल करे. (विनय आनंद हॅंसत कहले).

‘बिहारी रिक्शावाला’ में हॉट केक अंजना सिंह एह रिक्शावाला के प्रेमिका बनल बाड़ी. फिलिम अगिला महीना बिहार में रिलीज होखे के बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।