पटना बनारस बस पलटला से दू जने के मौत

पटना से बनारस जात एगो बस सोनबरसा चौकी के कड़सर गाँव का लगे बुध का सबेरे पलटी मार दिहलसि जवना से ओह पर सवार चार जने में से दू जने के मौत हो गइल. बतावल जात बा कि बस पर डेढ़ लाख रुपिया के सामान लादल रहुवे आ सवारियन खातिर जगहा ना बाचल रहुवे. बस पर एही से मोटे चारे जने सवार रहलन. मरे वाला में बस के ड्राइवर भभुआ के श्यामसुंदर माली आ फुलवारीशरीफ मुर्गीटोल के साबिर असारी रहले. साबिर श्यामसुंदर के दोस्त रहुवे आ घूमे ला बनारस जात रहुवे.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।