पटना में जमीन फ्लैट के दाम में उछाल

नीतीश के सरकार दुबारा बनला का बाद पटना आ बिहार के दोसरो बड़का शहरन में जमीन आ फ्लैट का दाम में बड़हन उछाल आइल बा जवना से निवेशक चिंतित बाड़े. सरकार सभका के निश्चिन्त रहे के कहले बिया कि एह तरफ ओकर पूरा ध्यान बा आ एहमें नाजायज कमाई के निवेश ना होखे दिहल जाई. बहुत पहिले एगो फिल्म के एगो मशहूर डायलाग रहुवे कि जमीन मकान या त उपर के कमाई से बनेला या नीचे के कमाई से. आजुवो हालात कवनो बहुत नइखे बदलल आ सरकार कतनो चाहे करिया कमाई वाला रियलिटी में निवेश करबे करीहें. तब ले सरकार आपन पीठ ठोंक सकेले कि बिहार के कानून व्यवस्था में सुधार का बाद बिहार से बाहर गइल पूंजी गँवे गँवे बिहार में लवटल शुरु हो गइल बा जवना चलते ई उछाल आइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।