पटना में भाजपा के हुंकार रैली के तइयारी शुरु

भाजपा के पीएम उम्मीदवार घोषित भइला का बाद नरेन्द्र मोदी के पहिला बेर बिहार आवे के जोरदार तइयारी शुरू हो गइल बा.

प्रदेश भाजपा 27 अक्टूबर के पटना के ऐतिहासिक गांधी मैदान मे हुंकार रैली बोलवले बिया आ एह रैली .मे नरेन्द्र मोदी के आवल ले के दस दिन पहिलही से तइयारी शुरू हो गइल बा. एह रैली के अभूतपूर्व बनावे ला पार्टी के सगरी बड़का नेता आ कार्यकर्ता आपन पूरा ताकत झोक दिहले बाड़न.

एह रैली के प्रचार ला पार्टी 16 गो टीम बनवले बिया जे 22 अक्टूबर ले राज्य के सगरी जिलन के दौरा करी आ लोग के एह रैली में शामिल होखे ला नेवती. एह काम ला 47 गो नेतालोग के अभियान के कमान सँउपल गइल बा. रैली खातिर पटना मे खास इंतजाम कइल जात बा. आवे वाला कार्यकर्तन के ठहरे ला करीब सवा दू सौ जगह चुनल गइल बा जवना में सामुदायिक भवन से लेके विवाह भवन तक सगरी शामिल बा. एकरा अलावे विधायकन के आवासो पर लोग के ठहरावल जाई. गाँधीओ मैदान मे ठहरे आ खाए के इंतजाम कइल गइल बा.

गांधी मैदान मे रैली खातिर 30 गो से अधिका एलईडी टीवी लगावल जाई जेहसे कोना कोना में लगो मंच के बढ़िया से देख सके. रैली खातिर एगारह गो स्पेशल ट्रेन बुक करावल गइल बा.
राजधानी पटना में कुछ चाय स्टॉलन पर “नमो चाय” दीहल जा रहल बा. एह स्टॉलन पर नरेन्द्र मोदी के पोस्टर लगाबल गइल बा. जाने जोग बा कि नरेन्द्र मोदी चाय बेचत अपना जिनिगी के सफर शुरु कइले रहले.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।