पटना में हीरा तराशे के कारखाना खुलल

बियफे का दिने पटना में एगो कारखाना के उद्घाटन मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कइलन. एह कारखाना में हीरा तराशे के काम होखी आ हर महीना नाहियो त तीन लाख हीरा तराशल जाई. एह मौका पर उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी, श्रम मंत्री जनार्दन सिंह सिग्रीवाल आ उद्योग मंत्री रेणु कुशवाहा समेत अनेके खासमखास लोग मौजूद रहुवे.

बतावल जात बा कि एह कारखाना से बिहार में छह सौ करोड़ रुपिया के निवेश होखी आ डेढ़ हजार कारीगरन के काम मिली. उद्घाटन का मौका पर अपना विरोधियन पर तंज कसत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि अब त ओह लोग के मुँह बन्द हो जाए के चाहीं जे कहत रहुवे कि बिहार में एगो सुईयो के कारखाना आजु ले ना खुल पावल.

जाने जोग बा कि बिहार फाउण्डेशन का सहयोग से एगो लेदर फैक्टरी के शिलान्यास फतुहा में पहिलही हो चुकल बा आ ई दोसरकी सफलता ह बिहार फाउण्डेशन के.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।