पटापट खबर बिहार से

दाउदपुर थाना के पिलई पोखरा का एगो इनार से शनिचर का दिने एगो लाश मिलल जवना का पाकिट से एकमा थाना के रामपुर बिन्दालाल के मुनेश्वर मिश्रा के नाम वाला कागज मिलल बा. ओकर हाल मुकाम ओह कागज में राजकीय रेल थाना हाजीपुर लिखल बा. लाश इनार से निकाल के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा.

छपरा के जेपी विश्वविद्यालय के छात्र नेता कालेज प्राचार्यन पर छात्रन के शोषण के आरोप लगावत बाड़े. राजेन्द्र कालेज में छात्रवृति के फार्म खातिर दस रुपया लिहल जा रहल बा. पहिले ई ना लागत रहुवे. कई गो कालेजन में शपथपत्र का नाम पर सौ सौ रुपया के वसूली हो रहल बा. नाम लिखावे में धाँधली के बाजार गरम बा.

शनिचर का दिने सिवान में लोजपा के प्रदेश सचिव उमेश सिंह, राजद नेता जनार्दन सिंह आ बसपा के महाराजगंज प्रबारी रामनाथ सिंह नीतीश कुमार का मौजूदगी में जदयू में शामिल हो गइलें. आजु चुनाव हो रहल बा. बुझात बा जे जदयू भाजपा के जीते के उमेद देखत ई लोग समय रहते पाला बदल लिहल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।