पत्रकार राजदेव के सराध में ना लउकलें सत्ताधारी

सिवान के पत्रकार राजदेव के सराध का दिने जदयू भा राजद के कवनो नेता ना लउकलें. बाकिर सिवान से भाजपा के सांसद ओमप्रकाश यादव आ सिवान भाजपा जिलाध्यक्ष अभिमन्यु सिंह जरूर हाजिर रहलें.

पटना से दैनिक हिन्दुस्तान के संपादक डा. तीर विजय सिंह सहित पटना के संपादकीय टीमो आइल रहुवे परिवार के तोस देबे खातिर. श्रमजीवी पत्रकार यूनियन के सिवान इकाई का तरफ से पत्रकार राजदेव रंजन के परिवार के 21 हजार रुपिया के आर्थिक मदद दीहल गइल.

पत्रकार राजदेव के गोली मारे वाला सुपारी किलर त धरा गइल बा बाकिर जवन लड्डन मियां सुपारी दिहले रहुवे तवन अबले नइखे धराइल. लड्डन मियां राजद के बड़का नेता आ सांसद रह चुकल शहाबुद्दीन के संघतिया ह.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।