पत्रकार राजदेव के सराध में ना लउकलें सत्ताधारी

सिवान के पत्रकार राजदेव के सराध का दिने जदयू भा राजद के कवनो नेता ना लउकलें. बाकिर सिवान से भाजपा के सांसद ओमप्रकाश यादव आ सिवान भाजपा जिलाध्यक्ष अभिमन्यु सिंह जरूर हाजिर रहलें.

पटना से दैनिक हिन्दुस्तान के संपादक डा. तीर विजय सिंह सहित पटना के संपादकीय टीमो आइल रहुवे परिवार के तोस देबे खातिर. श्रमजीवी पत्रकार यूनियन के सिवान इकाई का तरफ से पत्रकार राजदेव रंजन के परिवार के 21 हजार रुपिया के आर्थिक मदद दीहल गइल.

पत्रकार राजदेव के गोली मारे वाला सुपारी किलर त धरा गइल बा बाकिर जवन लड्डन मियां सुपारी दिहले रहुवे तवन अबले नइखे धराइल. लड्डन मियां राजद के बड़का नेता आ सांसद रह चुकल शहाबुद्दीन के संघतिया ह.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..