पप्पू अबहियों टीका ना लगवा पाई

जिन्दा पूर्व प्रधानमंत्रियन में से पचास प्रतिशत पूर्व प्रधानमंत्रियन के कोरोना छूताह भइला का चलते दिल्ली के एम्स में भरती करावल गइल बा. छूताह भइल पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कतना प्रतिशत छूताह बाड़ें से नइखे मालूम. वइसे मानल जा सकेला कि शतप्रतिशत छूताह भइल होखीहन. मनमोहन सिंह हालही में मौजूदा पीएम नरेन्द्र मोदी के सलाह देत चिट्ठी लिखले रहुवन कि कतना लोग के कोरोना टीका लगावल जा चुकल बा ओकरा के संख्या में ना देखि के प्रतिशत में देखल जाव कि देश के कतना प्रतिशत लोग के टीका लगावल जा सकल बा.

अब अगर संख्या ना देखि के प्रतिशत में देखल जाय त देश के कुल आबादी के महज 1.078 प्रतिशत लोग के कोरोना अबहीं ले छूवले बा. आ कुल आबादी के महज 0.0128 प्रतिशत लोग कोरोना से मरल बा.

मनमोहन सिंह के पाती के जवाब में देश के स्वास्थ्य मंत्री अइसने पाती लिखले बाड़ें कि अगर टीका लगावल जा चुकल लोगन के संख्या का बदले आबदी के प्रतिशत में देखे के चाहीं त कोरोना मरीजनो के गिनिती में ना देखि के प्रतिशत में देखे के चाहीं. मंत्री के एह जबाव सेकाग्रेसिया छनछना गइल बाड़ें.

आ अब जब कोरोना टीका के बाति चलते बा त इहो जान लीं सभे कि पहिला मई से हर वयस्क भारतीय के टीका लगवावे के मौका मिल जाई. हमरा एह फैसला से शिकायत बा कि वयस्क होखला का सीमा का चलते त पप्पू अबहियों टीका ना लगवा पाई. अवयस्कनो के टीका लगवावे के अधिकार दीहल जरुरी बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।