परशुराम का शूटिंग में मनोज तिवारी घवाहिल भइलें

wounded-ManojTiwariसिद्धार्थ नगर जिला के बांसी इलाका का नचनी गांव में अपना फिलिम “परमवीर परशुराम” के शूटिंग करत घरी मनोज तिवारी के गोड़ बक्सा से टकरा के तीन इंच कट गइल. ऊँख का खेत में होत शूटिंग में हिरोइन के हाईट बढ़ावे ला ऊ बक्सा राखल रहुवे जवना से मनोज तिवारी के गोड़ पर तीन इंच के चीरा लाग गइल. आनन फानन में उनुका के गोरखपुर के स्टार नर्सिंग होम में भरती करावल गइल. बतावल जात बा कि एह घाव का चलते मनोज तिवारी अब एक हफ्ता ले शूटिंग ना कर पइहें.

पता ना का बात बा जे पूर्वांचल में मनोज तिवारी के यात्रा में कवनो ना कवनो अड़चन आ जात बा. मई महीना में बड़हलगंज इलाका में एगो कार्यक्रम में शामिल होखे आइल मनोज तिवारी फैजाबाद के नियरा सड़क हादसा में घवाहिल हो गइल रहलें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।