परशुराम का शूटिंग में मनोज तिवारी घवाहिल भइलें

wounded-ManojTiwariसिद्धार्थ नगर जिला के बांसी इलाका का नचनी गांव में अपना फिलिम “परमवीर परशुराम” के शूटिंग करत घरी मनोज तिवारी के गोड़ बक्सा से टकरा के तीन इंच कट गइल. ऊँख का खेत में होत शूटिंग में हिरोइन के हाईट बढ़ावे ला ऊ बक्सा राखल रहुवे जवना से मनोज तिवारी के गोड़ पर तीन इंच के चीरा लाग गइल. आनन फानन में उनुका के गोरखपुर के स्टार नर्सिंग होम में भरती करावल गइल. बतावल जात बा कि एह घाव का चलते मनोज तिवारी अब एक हफ्ता ले शूटिंग ना कर पइहें.

पता ना का बात बा जे पूर्वांचल में मनोज तिवारी के यात्रा में कवनो ना कवनो अड़चन आ जात बा. मई महीना में बड़हलगंज इलाका में एगो कार्यक्रम में शामिल होखे आइल मनोज तिवारी फैजाबाद के नियरा सड़क हादसा में घवाहिल हो गइल रहलें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..