परिवार का बल पर राजनीति में आइल राहुल एकरा के गन्दगी बतवले

बनारस हिन्दु विश्विद्यालय का छात्रसंघ के संबोधित करे चहुँपल राहुल गाँधी कहले कि आजु जीवन के हर क्षेत्र में पैरवी आ पहुँच के बोलबाला बा आ बिना गॉडफादर के केहू कुछ नइखे कर सकत. एकरे के कहल जाला, चलनी दूसे सूप के जवना में बहत्तर छेद ! कहलन कि हमनी के अइसन व्यवस्था बदले के पड़ी. चलते चलत इहो बता देतन कि कांगेस में अब परिवारवाद ना चलावल जाई त निमन रहीत. राहुल गाँधी के आगमन के विरोध करे वाला छात्रन के पुलिस के लाठी आ गिरफ्तारी झेले के पड़ल. मीडिया के भीतर ना घुसे दिहल गइल. हद त इहाँ तक रहे कि उनका सभा में चुनिन्दे छात्रन के प्रवेश मिलल. नाराज छात्र स्वागत द्वार वगैड़ह उखाड़ फेंकले. बतावल जरुरी बा कि बीएचयू केन्द्रीय विश्वविद्यालय ह आ राहुल के ओही चलते बुलावा मिलल रहे. चाटुकारन के काम चले के चाहीं कैंपस में बवाल होखो त होखो. बाद में एकर खामियाजा भुगते के पड़ल कांग्रेस सेवा दल के जिला अध्यक्ष मनोज कुमार द्विवेदी के, जिनका के विरोधी गुट के छात्र महिला कालेज का लगे पिटाई कर दिहलें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।