परीक्षा देबे वाला लइकन से भरल शहर

छपरा। सोमार से शुरू होखे वाला इंटर के परीक्षा खातिर शहर में अतवारे के दिने लइकन के आ उनकरा लोग के अभिभावक लोग के तांता लगल बा। सांझि होत होत सहर लइकन से भरि गइल। एगो अंदाज कइल जा त 60 हजार ले लइका लोग आ चुकल बा। कुलिह होटल पहिलही से भरल बाड़न स। ढेर लोग त मंदिरवो मेुं डेरा डलले बा। एहि घरी इहवां के दुकानदारन के चांनी हो गइल बा कुलिह खाए पीए के सामानन के दाम दुगुना ले बढ़ा देले बाड़न स। पुलिस के व्यवस्था ठीक ठाक बा।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..