परीक्षा देबे वाला लइकन से भरल शहर

छपरा। सोमार से शुरू होखे वाला इंटर के परीक्षा खातिर शहर में अतवारे के दिने लइकन के आ उनकरा लोग के अभिभावक लोग के तांता लगल बा। सांझि होत होत सहर लइकन से भरि गइल। एगो अंदाज कइल जा त 60 हजार ले लइका लोग आ चुकल बा। कुलिह होटल पहिलही से भरल बाड़न स। ढेर लोग त मंदिरवो मेुं डेरा डलले बा। एहि घरी इहवां के दुकानदारन के चांनी हो गइल बा कुलिह खाए पीए के सामानन के दाम दुगुना ले बढ़ा देले बाड़न स। पुलिस के व्यवस्था ठीक ठाक बा।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।