पलायन के समस्या पर बिदेसिया

महुआ मीडिया प्रा. लि. आ यशी फिल्म्स प्रा. लि. के बैनर तले बनल ‘‘बिदेसिया’’ में पलायन के समस्या उठावल गइल बा. निर्माता अभय सिन्हा अउर महुआ मीडिया के एह फिल्म में देखावल गइल बा कि अपना राज्य में रोजगार के मौका ना मिले त लोग मजबूरन परदेस जइबे करी. फिल्म में राज्य सरकारन से अपने राज्य में बढ़िया आ सही रोजगार के अवसर बनावे के अपील कइल गइल बा. एह फिल्म में स्वरोजगारो के वकालत कइल गइल बा.

समहर मनोरंजन देबे वाली एह पारिवारिक भोजपुरी फिल्म ‘‘बिदेसिया’’ का पाछा महान भोजपुरी कलाकार भिखारी ठाकुर के नृत्य नाटिका “बिदेसिया” के प्रेरणा बा. एह फिल्म के नायक पइसा कमाए मुंबई जात बा. सुपरस्टार दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’, पाखी आ नवोदित अदाकारा छवि पाण्डेय के एह फिल्म के प्रमुख कलाकार बाड़ी. साथ में विजय कुमार, माया यादव आ सुदेश कौल के भूमिको मजगर बा. गीतकार प्यारेलाल यादव अउर संतोष पुरी जबकि संगीतकार धनंजय मिश्रा हउवें. निर्देशन रंजन कु. सिंह के बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..