‘पवन बैंड बाजा‘ के भव्य म्यूजिकल लांचिंग

pawan-band-bazaमेरीडियन कंस्ट्रक्शंस इंडिया प्रा. लि. के परोसा आ जफर कमाल फिल्म के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम “पवन बैंड बाजा” के भव्य म्यूजिक लांचिंग पिछला दिने मुंबई के एम्पायर ऑडियो सेंटर में दू गो गाना रिकार्ड करा के भइल. संगीतकार सी. वनवीर का निर्देशन में उदित नारायण आ आलोक कुमार के आवाज में ई गाना रिकार्ड भइली सँ. गीतकार हउवें वीरेन्द्र पाण्डे आ बुलेट ब्रह्मचारी. निर्माता मेंहदी हसन आ जफर कमाल, पटकथा-निर्देशक कमर हाजीपुरी, संगीतकार सी. वनवीर आ सतीश मुन्ना, गीतकार वीरेन्द्र पाण्डे, ब्रज किशोर दूबे अउर बुलेट ब्रह्मचारी, संकलन नकुल प्रसाद, सह निर्माता इफ्तेखार अहमद, रिजवान खान, मो. आजाद आ गुफरान अहमद हउवें. कलाकारन आ टेक्निशियंस के चुने के काम चलत बा आ फिलिम अगिला महीना से फ्लोर पर जाई.

निर्देशक कमर हाजीपुरी एह मौका पर बतवलें कि फिलिम बैंड बाजा वालन पर बनी. एकर नायक मुश्किलात से निबटत एगो मशहूर बैंड मास्टर बनत बा. एकरा पहिले मकर हाजीपुरी ‘गुलाब थियेटर‘ बनवले रहले.

पवन बैंड बाजा के म्यूजिकल लांचिंग के मौका पर श्रीधर शेट्टी, हीरा सरोज, त्रिलोकी चौधरी, सुमित बाबा, नीलाभ तिवारी, अवनिन्द्र आशुतोष, उबैद आजम आजमी, रेनू वनवीर आ अउरिओ गणमान्य लोग मौजूद रहल.


(समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।