पवन सिंह, अक्षरा सिंह, संजय पांडे अउर सीमा सिंह के ‘बजरंग’ मुंबई में

स्टार पवन सिंह, सेक्सी बाला अक्षरा सिंह, खलनायक संजय पांडे आ डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के जलवा लोग के एके साथे देखे के मिली एह शुक का दिने मुंबई में रिलीज होखत ‘बजरंग’ में. गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के एह फिल्म के निर्माता जे.पी. सिंह आ निर्देशक नंदकिशोर महतो हउवें. एह फिल्म में पवन सिंह आ अक्षरा सिंह के जोड़ी देखनिहारन के दिल जीत ली.

निर्माता जेपी सिंह एहसे पहिले ‘तोहरे कारण गईल भईंसिया पानी में’ आ ‘पायल’ जइसन सुपर डुपर फिल्म बनवले रहलें.

‘बजरंग’ के गीतकार जहांगीर आरजू, मुन्ना दूबे आ विनोद पासवान, संगीतकार ओम झा, एक्शन निर्देशक जग्गू सेठ, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी आ कहानीकार संतोष मिश्रा हउवें.

एह फिल्म के बड़का कलाकारन का अलावे जय सिंह, उमेश सिंह, देव सिंह आ मास्टर वरुण सिंह के अभिनयो के लाजवाब जलवा देखे के मिली.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..