पवन सिंह, अक्षरा सिंह, संजय पांडे अउर सीमा सिंह के ‘बजरंग’ मुंबई में

स्टार पवन सिंह, सेक्सी बाला अक्षरा सिंह, खलनायक संजय पांडे आ डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के जलवा लोग के एके साथे देखे के मिली एह शुक का दिने मुंबई में रिलीज होखत ‘बजरंग’ में. गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के एह फिल्म के निर्माता जे.पी. सिंह आ निर्देशक नंदकिशोर महतो हउवें. एह फिल्म में पवन सिंह आ अक्षरा सिंह के जोड़ी देखनिहारन के दिल जीत ली.

निर्माता जेपी सिंह एहसे पहिले ‘तोहरे कारण गईल भईंसिया पानी में’ आ ‘पायल’ जइसन सुपर डुपर फिल्म बनवले रहलें.

‘बजरंग’ के गीतकार जहांगीर आरजू, मुन्ना दूबे आ विनोद पासवान, संगीतकार ओम झा, एक्शन निर्देशक जग्गू सेठ, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी आ कहानीकार संतोष मिश्रा हउवें.

एह फिल्म के बड़का कलाकारन का अलावे जय सिंह, उमेश सिंह, देव सिंह आ मास्टर वरुण सिंह के अभिनयो के लाजवाब जलवा देखे के मिली.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।