पवन सिंह आ जगदीश शर्मा के जोड़ी ले आवत बिया कुरुक्षेत्र

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार पवन सिंह आ चर्चित निर्देशक जगदीश शर्मा के जोड़ी अबकी भोजपुरी फिल्म कुरुक्षेत्र ले के आ रहल बा. एह पूरा तौर से एक्शन मूवी में पवन सिंह मुख्य अभिनेता बाड़े आ एह फिल्म के निर्देशक जगदीश शर्मा कर रहल बाड़न.

दौलत मूवीज का बैनर में बनत एह फिल्म में पवन सिंह एकदमे नया रुप में सामने अइहें. ई रुप रही एक्शन हीरो के. उनकर नायिका बाड़ी मोनालिसा जे पवन खातिर हमेशा लकी रहल बाड़ी. एह फिल्म में एगो अउरी जोड़ी बा विक्रांत सिंह आ रुबी सिंह के. पवन आ विक्रान्त दू गो बिछुड़ल भाईयन का किरदार में बाड़े.

जगदीश शर्मा के कहना बा कि उनकर आ पवन सिंह के जोड़ी एहसे पहिले हिट फिल्म “रंगबाज दारोगा” में काम कइले रहुवे आ उम्मीद बा कि अबकियो “कुरुक्षेत्र” के दर्शक ओतने प्यार दीहें. अभिनेता पवन सिंह के कहना बा कि जगदीश शर्मा का साथे काम करे में मजा आवेला आ ऊ एकरा के खूबे इंज्वाय करेलें. इहो कहलें कि “कुरुक्षेत्र” बहुते मनोरंजक फिल्म बा जवन हर तरह से बढ़िया बा.

फिल्म के बाकी कलाकारन में बृजेश त्रिपाठी, हिमाक्षी, किरण कुमार, आ टीनू वर्मा खास किरदारन में बाड़े. कथा पटकथा मनोज हंसराज के बा आ गीत विनय बिहारी आ श्याम देहाती के. फिल्म के डायलाग सुरेन्द्र मिश्रा के लिखल बा. कैमरा मुकेश मारू सम्हरले बाड़े.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments