पवन सिंह के ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ बाक्सो आफिस पर जिन्दाबाद

PawanSingh-PMZभोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह के पिछला शुक का दिने रिलीज फिलिम ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ के सगरी बिहार में बंपर ओपनिंग मिलल बा.

पटना के वीणा, आरा के मोहन, बक्सर के दुर्गा, मोतिहारी के पायल, आ छपरा के शिल्पी समेत पचासो से अधिका सिनेमाघर में एकरा शानदार ओपनिंग मिलल बा.

एह फिलिम में पवन सिंह के नायिका बाड़ी पाखी हेगड़े. निर्देशन विनय बिहारी के ह. फिलिम के कहानी में एगो सवर्ण लड़िका आ दलित लड़िकी के प्रेम आ एह चलते उठे वाला बवण्डर देखावल गइल बा.

फिलिम के गाना त पहिलही से सुपरहिट बाड़ी स आ लोग पवन के अदाकारी आ एक्शन सीन्स के सराहत अघात नइखे..


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।