पवन सिंह के लड़ाई ल अँखिया आजु से


बिहार का थियटरन में २४ जून के पवन सिंह अभिनीत फिल्म “लड़ाई ल अँखिया ए लौण्डे राजा” रिलीज होखे जा रहल बा. निर्माता निर्देशक रामाकांत प्रसाद के एह फिल्म में पवन सिंह राजा नाम के एगो ब्लैकियर बनल बाड़े जे सिनेमा के टिकट ब्लैक में बेचेला. एक दिन शहर के एसपी के बेटी मोना अपना सहेलियन का साथे सिनेमा देखे आइल त शहर के बाहुबली भागड़ यादव के बेटा नीरज ओकरा साथे बदतमीजी कर बइठत बा. मोना के एगो सहेली गीता नीरज के थप्पड़ मार देत बिया त नीरज ओकरा से बदला लेबे के ठान लेता. ओह समय त राजा आ के गीता के बचा लेत बा.

बाद में एगो शादी का दौरान नीरज गीता के बेरहमी से रेप कर देता आ राजा ओकरा के थाना में बन्द करा देत बा. नीरज के छोड़ावे आइल भागड़ यादव के पुलिस इंसपेक्टर विराज पर कुछ नइखे चल पावत त ऊ उपर के अधिकारियन से संपर्क कर के विराज पर दबाव बनवावत बा. विराज दबाव में आवे का बदले नौकरी छोड़ देता. भागड़ नीरज के छोड़ा ले जात बा आ एक दिन मौका पा के विराज के पूरा परिवार के मौत के घाट उतार देत बा.

एह सब से दुखी मोना तब अपना एसपी पिता के सहारा ले के राजा के पुलिस इंसपेक्टर बनवा देत बाड़ी. इंसपेक्टर बनल राजा तब कइसे न्याय दिलवावत बा एह फिल्म के कहानी के इहे क्लाइमैक्स बा. फिल्म में पवन सिंह, विराज भट्ट, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, अनारा गुप्ता, आनंद मोहन, नीरज राज, धामा वर्मा, गोलू, नन्हे, आ दीपक भाटिया के खास रोल बा. लेखक सुरेन्द्र मिश्रा, छायांकन देवेन्द्र तिवारी, संगीतकार अशोक कुमार दीप, गीतकार विनय बिहारी, अशोक कुमार दीप, प्यारेलाल, आ बृजेश पाण्डे हउवे.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..