पवन सिंह के हैट्रिक

भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह के फिल्म “जंग” के रिलीज का साथे एह साल सफल फिल्मन के उनुकर हैट्रिक बन गइल. पवन सिंह के एह महीना अबले दु गो फिलिम “लागल नथुनिया के धक्का” आ “कर्तव्य” रिलीज भइल रहे. अब “जंग” के रिलीज का साथे उनकर सफल फिल्मन के हैट्रिक लाग गइल बा. तीनो फिल्म बिहार में जम के सफल भइल बाड़ी सँ. तीनो में पवन सिंह के किरदार अलग अलग तरीका के बा. लागल नथुनिया के धक्का में पवन सिंह के रोमांटिक भूमिका बा त कर्तव्य में ऊ एगो पुलिस अफसर का भूमिका में रहले. अब जंग में पवन सिंह एगो छात्र नेता के भूमिका में आइल बाड़न. अपना फिल्मन के सफल बनावे खातिर ऊ अपना प्रशंसकन के आभार जतवले बाड़न.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..