पशु मेला के विरोध कइला पर तीन आदमी के हत्या

गोरखपुर के सहजनवा इलाका के जैतपुर कस्बा में पशु बाजार लगावे पर भइल झगड़ा में विरोध करे वाला परिवार के तीन आदमी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. ओह परिवार के विरोध रहुवे कि ओह लोग के घर के सोझा जानवर मत खड़ा कइल जाव.
एह मामिला में लापरवाही बरते का आरोप में सहजनवा के थानाध्यक्ष के लाइन हाजिर करा दिहल गइल बा इ दू गो सिपाहियन के निलंबित कर दिहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..