काल्हु ६ जून के मुंबई के रंग शारदा आडिटोरियम में आयोजित एगो रंगारंग समारोह में प्रथम मस्तराज भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड दिहल गइल. सिने अवार्ड के आयोजक किशन खदरिया मनोज तिवारी के एह दशक के सबले बड़ भोजपुरी सितारा घोषित कइले आ उदित नारायण का हाथे उनुका के सम्मानित कइल गइल. अवार्ड समारोह में दिनेश लाल यादव निरहुआ अभिनीत फिल्म “रणभूमि” के जलवा रहल आ ओह फिल्म खातिर कई एक गो पुरस्कार दिहल गइल. सर्वश्रेष्ठ अभिनेता दिनेश लाल निरहुआ, सर्वश्रेष्ठ फिल्म, आ सर्वश्रेष्ठ निर्देशक अनिल अजिताभ के ओहि फिल्म रणभूमि खातिर पुरस्कार मिलल किशन खदरिया के दिहल स्वागत भाषण का बाद शुरु कार्यक्रम के सफल संचालन गुंजन पंत, मनोज टाइगर, लवी रोहतगी, पंकज केसरी आ विक्रांत कइले.
कार्यक्रम का दौरान उपस्थित खास लोगन में भोजपुरी सिनेमा के दिग्गज हस्तियन का अलावे सांसद संजय निरुपम, महुआ टीवी के पंकज तिवारी, अवार्ड के प्रस्तुतकर्ता राज आयल मिल्स के अब्दुल मुसला आ आरिफ एस राघड़ा, यशोभूमि के कुंजेश परिहार, अभिनेता रजा मुराद, राकेश बेदी, आ अभिनेत्री साधना सिंह समेत बहुते लोग मौजूद रहल.
पुरस्कार सूची
सर्वश्रेष्ठ अभिनेता दिनेश लाल निरहुआ (फिल्म रणभूमि)
सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री रिंकू घोष (फिल्म बलिदान)
सर्वश्रेष्ठ फिल्म रणभूमि (निर्माता अभय सिन्हा)
सर्वश्रेष्ठ निर्देशक अनिल अजिताभ (फिल्म रणभूमि)
सर्वश्रेष्ठ पटकथा लेखक अनिल अजिताभ (फिल्म रणभूमि)
सर्वश्रेष्ठ नृ्त्य निर्देशक पप्पू खन्ना (फिल्म रणभूमि)
सर्वश्रेष्ठ छायाकार दामोदर नायडू (फिल्म रणभूमि)
सर्वश्रेष्ठ आयटम डांसर संभावना सेठ आ सीमा सिंह संयुक्त (फिल्म रणभूमि)
सर्वश्रेष्ठ खलनायक अवधेश मिश्रा (फिल्म सात सहेलियाँ)
सर्वश्रेष्ठ हास्य कलाकार मनोज टाइगर (फिल्म सात सहेलियाँ)
सर्वश्रेष्ठ नवोदित निर्देशक रामाकांत प्रसाद (फिल्म दाग)
सर्वश्रेष्ठ नवोदित अभिनेत्री अक्षरा सिंह (फिल्म सत्यमेव जयते)
सर्वश्रेष्ठ नवोदित अभिनेता हितेन्द्र सिंह
सर्वश्रेष्ठ संगीतकार मधुकर आनन्द (फिल्म देवरा बड़ा सतावेला)
सर्वश्रेष्ठ गीतकार पप्पू ओझा (फिल्म देवरा बड़ा सतावेला)
सर्वश्रेष्ठ गायक उदित नारायण (फिल्म शिवा)
सर्वश्रेष्ठ गायिका इन्दु सोनाली (फिल्म देवरा बड़ा सतावेला)
सर्वश्रेष्ठ कथाकार मसूद पटेल (फिल्म बलिदान)
सर्वश्रेष्ठ संवाद लेखक सुरेन्द्र मिश्रा (फिल्म मार देब गोली केहू ना बोली)
सर्वश्रेष्ठ सह अभिनेता विराज भट्ट (फिल्म दाग)
सर्वश्रेष्ठ सह अभिनेत्री गुंजन पंत (फिल्म बलिदान)
सर्वश्रेष्ठ साउण्ड रिकार्डिस्ट स्व॰लल्लन सिंह (फिल्म दाग)
सर्वश्रेष्ठ बाल कलाकार ऋषभराज गोलू (फिल्म दाग)
सर्वश्रेष्ठ पब्लिसिटी डिजायनर नरसू
मुंबई के हिन्दी दैनिक यशोभूमि के सर्वे का आधार पर
लोकप्रिय फिल्म देवरा बड़ा सतावेला
लोकप्रिय अभिनेता पवन सिंह फिल्म देवरा बड़ा सतावेला
लोकप्रिय अभिनेत्री पाखी हेगडे फिल्म देवरा बड़ा सतावेला
लोकप्रिय निर्देशक राजकुमार पाण्डेय फिल्म देवरा बड़ा सतावेला
दशक के सर्वश्रेष्ठ भोजपुरी सितारा – मनोज तिवारी मृदुल
निर्माता अभय सिन्हा भोजपुरी सिटी विशेष पुरस्कार
लोकगायिका मालिनी अवस्थी भोजपुरी सिटी विशेष पुरस्कार
महान विभूति सम्मान
स्व॰ विश्वनाथ प्रसाद शाहाबादी
स्व॰ रामायन तिवारी
महानायक अमिताभ बच्चन
वंदनी मिश्रा
स्व॰ अनजान साहब
स्व॰ चित्रगुप्त
स्व॰ राममूर्ति चतुर्वेदी
देव मल्होत्रा
दीपा नारायण
आरती भट्टाचार्य
समरजीत
बृजेश त्रिपाठी
विनय बिहारी
स्व॰ प्रशान्त उज्जवल
bahute achha lagal
DINESH CHANDRA GUPTA
BARA NIK LAGELA NIRAHUA KE DEKH KE
hiiiiiiiiiiiiiiiiiiiiiiiii