पहिला बेर छठ बरती बनी एगो ‘नागिन’

सिनेमा के इतिहास में पहिला बेर एगो इच्छाधारी नागिन छठ व्रत करत नजर आई मशहूर निर्माता-निर्देशक राजकुमार पाण्डेय के फिल्म ‘‘नागिन’’ में. साईदीप फिल्म्स के बैनर में बनल एह फिलिम में ‘नागिन’ बनल रानी चटर्जी छठ के महान परब करत लउकीहें आ छठ के गीत ‘छठ माई के करली व्रतिया भोरहारी में चार बजे’ गावत नजर अइहें.

एह फिल्म में महुआ टीवी के धारावाहिक ‘स से सरस्वती’ के ज्योति पहिला बेर सिनेमा का परदा पर आइल बाड़ी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।