पाँचवा आ आखिरी दौर में कवना बात पर टिकल बा चुनाव

कोसी के करीब सगरी सीट से पप्पू यादव आपन उमेदवार उतरले बाड़ें आ हर उमेदवार के जाति उहे ह जवन महागठबन्हन वाला के. कुछेक जगहा उमेदवार का बदला महागठबन्हन के वोटबैंक पर धेयान दीहल गइल बा.
दोसरका असर रही ओवैसी के जे सीमांचल में कुछ सीट पर आपन उमीदवार दे के महागठबन्हन के वोट बैंक पर छापा मार दिहले बाड़न.
इहो देखे जोग रही कि मिथिलांचल के पाँच अति पिछड़ी जातियन के पंचफोरना केने पड़त बा. जेकरा ओर पड़ी ओकर बेंवत बढ़ जाई इहो तय बा. आ ई लोग हमेशा समूह बना के वोट करेला.
वइसे हर गोल अपना बागी उमीदवारन से परेशान बा. एह बागियन के अपना जीत ले बेसी चिन्ता अपना पार्टी के हरावे के बा जे ओकरा के टिकट ना दिहलसि.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..