पाँचवा आ आखिरी दौर में कवना बात पर टिकल बा चुनाव

कोसी के करीब सगरी सीट से पप्पू यादव आपन उमेदवार उतरले बाड़ें आ हर उमेदवार के जाति उहे ह जवन महागठबन्हन वाला के. कुछेक जगहा उमेदवार का बदला महागठबन्हन के वोटबैंक पर धेयान दीहल गइल बा.
दोसरका असर रही ओवैसी के जे सीमांचल में कुछ सीट पर आपन उमीदवार दे के महागठबन्हन के वोट बैंक पर छापा मार दिहले बाड़न.
इहो देखे जोग रही कि मिथिलांचल के पाँच अति पिछड़ी जातियन के पंचफोरना केने पड़त बा. जेकरा ओर पड़ी ओकर बेंवत बढ़ जाई इहो तय बा. आ ई लोग हमेशा समूह बना के वोट करेला.
वइसे हर गोल अपना बागी उमीदवारन से परेशान बा. एह बागियन के अपना जीत ले बेसी चिन्ता अपना पार्टी के हरावे के बा जे ओकरा के टिकट ना दिहलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।