पाँच गो क्रिकेटरन के ससपेंड कर दिहलसि बोर्ड

एगो निजी टीवी चैनल के स्टिंग आपरेशन में फँसल पाँच गो नवही क्रिकेटर अपना लालच का चलते आपन कैरियर खराब करे का मोड़ पर आ गइल बाड़न. भल मुअनी भल पिलुआ पड़ल वाला अंदाज में अबहींए त एह लोग के कैरियर के शुरूआत भइल रहुवे कि स्टिंग में मुँहे करीखा लगा लिहल लोग. एह खिलाड़ियन के नाम टीपी सुधीन्द्र, मोहनिश मिश्रा, अभिनव बाली, अमित यादव आ शलभ श्रीवास्तव ह. एह लोग के बोर्ड आफ क्रिकेट कंट्रोल आफ इंडिया तबले खातिर ससपेंड कर दिहलसि जबले एह लोग का खिलाफ जाँच पूरा नइखे हो जात. जाँच के जिम्मा आईसीसी के भठियरपन विरोधी इकाई के प्रमुख रह चुकल रवि सावंत करीहें.

ओने खेल मंत्री अजय माकन के कहना बा कि फिक्सिंग खाली क्रिकेटे में नइखे होखत बलुक हर खेल में ई बीमारी पसरल जात बा. एहसे एह मामिला के तह में गइला क जरूरत बा आ एह समस्या से निपटे के तरीको खोजल ओतने जरूरी बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।