पाँच दिन के भोजपुरी नाट्य उत्सव

भोजपुरी रंगमंच खातिर समर्पित नाट्य संस्था रंगश्री (स्थापित सन् 1978) आपन 5वाँ पाँच दिन चले वाला भोजपुरी नाट्य उत्सव के आयोजन, संस्कृति मंत्रालय, भारत सरकार के सहयोग से आ स्टील अथारिटी आफ इण्डीया अउर मैथिली भोजपुरी अकादमी के विशेष सहयोग से फिनु दिल्ली में दिनांक 26 मार्च से 30 मार्च तक करे जा रहल बिया.

सभे भोजपुरियन से निहोरा बा कि एह कार्यक्रम मे पधार के भोजपुरी के गौरव बढ़ाई आ भोजपुरी रंगमंच के सशक्त करे मे 40 साल से लागल एह संस्था के आ ओकरा संगे जुड़ल कलाकारन के हौसिला बढ़ाईं. एह मे प्रवेश निःशुल्क बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।