पाकिस्तानी पंजाब के राज्यपाल के गोली मार दिहल गइल

पाकिस्तान के पंजाब राज्य के गवर्नर सलमान तासीर के उनुके बाडीगार्ड आजु दिनदहाड़े इस्लामाबाद में गोली मार दिहलसि आ ओकरा बाद आत्मसमर्पण कर दिहलसि. सलमान तासीर पाकिस्तान के ओह कानून के विरोधी रहलें जवना में इस्लाम विरोधी कृत्य खातिर कड़ा सजाय के प्रावधान बा. तालिबानी समूह ओह कानून के पास करवावल चाहत बाड़े जबनि पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी के उदारवादी सदस्य सलमान तासीर ओह कानून के करिया कानून बतावत ओकर विरोध करत रहलें. पेशा से चार्टर्ड अकाउन्टेन्ट रहल तासीर ब्रोकरिंग फर्म आ कन्सलटेन्सी से रुपिया कमइला का बाद राजनीति में आइल रहलें. ऊ मुशर्रफ सरकारो में मंत्री रहलें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।