पाकिस्तानी पंजाब के राज्यपाल के गोली मार दिहल गइल

पाकिस्तान के पंजाब राज्य के गवर्नर सलमान तासीर के उनुके बाडीगार्ड आजु दिनदहाड़े इस्लामाबाद में गोली मार दिहलसि आ ओकरा बाद आत्मसमर्पण कर दिहलसि. सलमान तासीर पाकिस्तान के ओह कानून के विरोधी रहलें जवना में इस्लाम विरोधी कृत्य खातिर कड़ा सजाय के प्रावधान बा. तालिबानी समूह ओह कानून के पास करवावल चाहत बाड़े जबनि पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी के उदारवादी सदस्य सलमान तासीर ओह कानून के करिया कानून बतावत ओकर विरोध करत रहलें. पेशा से चार्टर्ड अकाउन्टेन्ट रहल तासीर ब्रोकरिंग फर्म आ कन्सलटेन्सी से रुपिया कमइला का बाद राजनीति में आइल रहलें. ऊ मुशर्रफ सरकारो में मंत्री रहलें.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..