पाखी के नारा ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’

सिनेमा भोजपुरी के महारानी अदाकारा पाखी हेगड़े आजुकाल्हु ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ के नारा बुलंद करत बाड़ी. बाकिर अइसन नइखे कि उनुका केहू से प्यार हो गइल बा. ई त बस उनुका नयकी फिलिम के नाम ह ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’.

गीतकार से निर्माता बनल विनय बिहारी के एह फिलिम में पाखी हेगडे के रोमांटिक जोड़ी पहिला बेर सुपरस्टार पवन सिंह संगे बनावल बा. असलम शेख का निर्देशन में बनत एह फिलिम के शूटिंग जल्दिए शुरू होखी. पाखी हेगड़े के कहना बा कि पवन का साथे त ऊ कई एक फिलिम कइले बाड़ी बाकिर ई पहिला बेर बा जब पवन का संगे उनुकर दर्शकन का सोझा होखी. फिल्म के कहानी से बहुते प्रभावित पाखी के कहना बा कि ई भोजपरी के पहिला पूरा पुरी रोमांटिक फिलिम होई.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।