पाखी दू गो फिलिम साईन कइली

PakhiHegde-polkadotsसिनेमा भोजपुरी के सुपरस्टार नायिका पाखी हेगड़े हाल ही में दू गो नया फिलिम साईन कइले बाड़ी. एगो फिलिम ह सी. पी. आई. मूवीज (सुजीत तिवारी) के परोसल आ सी. बी. वर्मा के बनावल जगदीश शर्मा निर्देशित फिलिम ‘‘जानी दुश्मन’’ जवना में पाखी पवन सिंह आ सुशील सिंह संगे बाड़ी. आ दोसरकी फिलिम ह ‘‘निरहुआ रिक्शावाला’’ फेम निर्देशक के. डी. के ‘‘नारी पाप निवारणी’’.

बतावल जात बा कि दुनु फिलिम जल्दिए फ्लोर पर जइहें सँ. तबले पाखी हेगडे के ‘‘प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद’’, ‘‘हंटरवाली’’ आ मराठी फिलिम ‘‘गुलाबी’’ अउर ‘‘बातमी’’ प्रदर्शित होखे ला तइयार बाड़ी सँ.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।