पाखी बाजी मार ले गइली

Pakhi-yellow-sariभोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री पाखी हेगड़े अपना शानदार अभिनय कौशल से एक बार फेरू बाकी अभिनेत्रियन से बाजी मार ले गइल बाड़ी. हालही में रिलीज मल्टीस्टारर भोजपुरी फिलिम ‘खून भरी माँग’ में पाखी के अदाकरी के बहुते सराहल जात बा. एह फिलिम के कई नायक आ नायिकन के भीड़ो में पाखी के काम अलगे चमकल बा.

फिलिम में पाखी एगो अइसन मेहरारू बनल बाड़ी जे अपना मरद के मौत के बदला उनका हत्यारन से लेत बिया. फिलिम में पाखी के एक से बढ़के एक शानदार संवाद बोलत आ खतरनाक एक्शन स्टंटस करत देखल जात बा. स्वाभाविक रूप से पाखी के काम पर दर्शकन के भरपूर ताली बाजत बा.

फिलिम के सफलता से पाखी बहुते खुश बाड़ी. जान जाईं जे एह साल पाखी के ‘देवरा भईल दीवाना’ आ ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ फिलिमो के बड़हन सफलता मिलल बा.


(प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।