पाखी हेगडे के डबल धमाल

सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन अदाकारा पाखी हेगडे के आजुकाल्ह डबल धमाल चलत बा. उनुकर दू गो फिलिम ‘बिदेसिया’ आ ‘भईया हमार दयावान’ बॉक्स ऑफिस पर सफलता के परचम लहरावत बाड़ी सँ. बिदेसिया मुंबई आ बिहार में बम्पर बिजनेस करत बिया त ‘भईया हमार दयावान’ मुंबई में शानदार व्यवसाय करत बिहारो में मजगर बिजनेस करत बिया.

‘बिदेसिया‘ फिल्म में पाखी के किरदार कॉल गर्ल के बा त ‘भईया हमार दयावान’ में पॉकेटमार के. अपना एह दुनु फिलिमन के सफलता से पाखी बहुते खुश बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..