पाखी हेगड़े के संतान

भोजपुरी फिलिमन के नं. 1 अदाकारा पाखी हेगड़े भोजपुरी परदा पर महान पारिवारिक मनोरंजक फिल्म संतान लेके आ रहल बाड़ी. एह फिल्म में पाखी अपना जीवन के अब तक ले के सबले बढ़िया भूमिका में नजर अइहें. पाखी बतइहें कि कवनो परिवार में संतान के कतना जरूरत होला. महिला दर्शकन का बीच खासी लोकप्रिय आ परदा पर महिला प्रधान भूमिका निभावे खातिर जानल जाये वाली पाखीए एह फिल्म के नायक बाड़ी. अइसन हर ऊ आदमी कह रहल बा जे फिल्म के रशेज देखले बा. वइसे सुपरस्टार रवि किशन हउवें एह फिल्म में पाखी के नायक बाकिर रविओ के कहना बा कि फिलिम के नायक पाखीए हई काहे कि अपना शानदार परफारमेंस से ऊ फिल्म में जान डाल दिहले बाड़ी.

फिल्म के निर्देशन हैरी फर्नाडिस आ निर्माण कार्पोरेट कंपनी स्वरूप फिल्मस् प्रा. लि. कइले बिया. पाखी के कहना बा कि संतान में काम करके उनुका बहुते संतुष्टी मिलल. ई फिल्म पूरा परिवार का साथे देखे लायक बा. पाखी एहसे पहिले हालिया प्रदर्शित औलाद, मै नागिन तू नगिना, दाग, बैरी पिया जइसन महिला प्रधान फिलिमन में आपन जलवा देखा चुकल बाड़ी.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।