‘पागल प्रेमी’ क सफलता का बाद विनय आनंद ‘लक्ष्मण रेखा’ में

भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद अभिनीत फिल्म ‘पागल प्रेमी’ के सफलता का बाद उनुका में निर्माता निर्देशकन क भरोसा अउरी बढ़ गइल बा. पिछला दिने निर्देशक मनोज गिरि विनय आनंद के अपना फिल्म ‘लक्ष्मण रेखा’ ला साईन कइलन. एहसे पहिले मनोज गिरि उनुका साथे ‘प्यार हो गईल त हो गईल’ आ ‘चंदा’ के निर्देशन कइले रहलें. विजय सिंह आ लक्ष्मण गुप्ता के निर्माण लक्ष्मण रेखा के शूटिग बनारस में होत बा. एहमें विनय आनंद, गुंजन पंत आ अर्चना सिंह क खास भूमिका बा.

विनय आनंद निर्देशक शादो कुमार के अगिला फिलिम ‘भईल तोहरा से प्यार आई लव यू’ साईन कइले बाड़न. अकर निर्माता हउवें धर्मेन्द्र मौर्या.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..