‘पागल प्रेमी’ खातिर बनल खास रणनीति

Vinay Anand Sangita Tiwariभोजपुरी वर्ल्ड में एह घरी फिल्म ‘पागल प्रेमी’ के चरचा बा. अनेके बड़का वितरकन के दिलचस्पी एह फिलिम में लागल बा. एह खातिर निर्माता नवीन कुमार सिंह आ निर्देशक अजय कुमार अपना फिल्म के प्रचार खातिर एकरा प्रचारक शशिकांत सिंह अउर रंजन सिन्हा का साथे मिल बइठ के योजना बनवले बाड़न. एह फिल्म में विनय आनंद के लुक पर बहुते ध्यान दिहल गइल आ बेहतर लोकेशन खोज के छत्तीसगढ़ के रायपुर में फिल्म के शूटिंग भइल. संगीतो पर कड़ेर मेहनत कइल गइल. एक्शन सीन खातरि खासतौर पर बॉलीवुड के बडहन तकनीक के इस्तेमाल भइल. निर्माता पूरा यूनिट के ध्यान रखलन.

पागल प्रेमी के प्रचार के पहिला कड़ी में एकर फर्स्ट लुक जारी कइल गइल बा. फिल्म ‘पागल प्रेमी’ में भोजपुरी सपर स्टार विनय आनंद, संगीता तिवारी, अजीत आनंद, श्री कनकनी, संजय पाण्डेय वगैरह के जलवा भरल बा,


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।