‘पागल प्रेमी’ 18 मई के बिहार में रिलीज होखी

निर्माता नवीन कुमार सिंह, निर्देशक अजय कुमार आ विनय आनंद स्टारर फिल्म ‘पागल प्रेमी’ बिहार में 18 मई के रिलीज होखे वाला बा. फिल्म में भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद आ अजीत आनन्द नायक का भूमिका में, संगीता तिवारी आ श्रीकनकनी नायिका का भूमिका में, आ संजय पांडे खलनायक के भूमिका में बाड़े.

सविता श्री प्रोडक्शन के बैनर तले बनल एह फिल्म के शूटिंग छत्तीसगढ़ के रायपुर में भइल रहे. एक से बढ़के एक गीत राजेश मिश्रा, फनीन्द्र राव आ कृष्णा बेदर्दी लिखले बाड़े जवना के संगीत राजेश गुप्ता के बा. कैमरा मैन हउवें तांबन के, एक्शन डायरेक्टर दिलीप यादव, नृत्य निर्देशक एंथोनी हउवें. बाकी कलकारन में अनूप अरोड़ा, जय प्रकाश सिंह, राजेश अवस्थी, सुनीता सिंह, पारितोष त्रिपाठी, सुमन कुमारी, अमित सिंह आ पुष्पांजलि के नाम बा.

फिल्म के कहानी मौजूदा भ्रष्ट सिस्टम में अझूरा के एगो बाहुबली क इशारा पर अपराध करे वाला पागल प्रेमी बनल विनय आनंद एह फिल्म का बारे में निकहा उछाह में बाड़े. निर्देशक अजयो कुमार के उछाह कम नइखे.

त तइयार रहीं 18 मई के ‘पागल प्रेमी’ देखे ला.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।