पाठक लोग खातिर जरुरी सूचना

आजु अँजोरिया के पंजीकृत उपयोगकर्ता लोग का सूची से ३६४ नाम हटा दिहल गइल बा जवन देखहीं में नाजायज लागत रहुवे. कवनो कारण से भा गलती से अगर राउर नाम हट गइल होखे त ओकरो खातिर हम माफी चाहब.

अँजोरिया पर रजिस्टर कर लिहला का बाद अपना इमेल के चेक करीं. अगर रउरा इनबाक्स में राउर पासवर्ड नइखे गइल त आपन मेल के जंक बाक्स भा स्पैममेल चेक कर के देख लीं. हो सकेला कि एहिजा से गइल जानकारी स्पैम में राखल होखे.

असुविधा खातिर माफी चाहब.

राउर
प्रकाशक, अँजोरिया

2 Comments

  1. omprakash amritanshu

    संपादक जी नमस्कार !
    हमार रजिस्ट्रेशन रउआ स्वीकार कईलीं !एह शुभ काम खातिर बहुत -बहुत धन्यवाद !
    राउर
    ओ.पी .अमृतांशु

    • OP_Singh

      अमृतांशु जी,

      कवनो पाठक के पंजीकरण कबो ना रोकल जाला ना रोकल जाई. बस कुछ स्पैमर एह आजादी के गलत इस्तेमाल करेलें ओहि लोग के नाम हटावल जाला काहे कि ऊ केहू के दोस्त ना होखस आ इन्टरनेट के कोढ़ हउवें सँ.

      ओही स्पैमर का चलते बहुते इमेल सेवा प्रदाता वर्डप्रेस से गइल इमेल के स्पैम भा जंक बाक्स में डाल देलें आ रउरा सब के लागेला कि का बाति ह कि पंजीयन का बाद पासवर्ड वाली मेल ना चहुँपल.

      जवना पाठक के एह मामिला में असुविधा होखत होखे ऊ हमरा के सीधे मेल भेज सकेला आ हम देखब कि कहाँ समस्या बा आ ओकर निराकरण करे के प्रयास करव.

      राउर हमेशा स्वागत बा अँजोरिया पर.

      राउर
      प्रकाशक, अँजोरिया

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..