पानी में आग लगा दिहली कर्नल के बेटी

भोजपुरी फिल्म “केहू हमसे जीत ना पाई” में सेना के अधिकारी का बेटी के किरदार करे वाली रिंकू घोष असलो जिंदगी में सेना अधिकारी के बेटी हई. देशभक्ति पर बनल सात गो नायकन वाली एह फिल्म में रिंकू घोष एगो कर्नल के बेटी बनल बाड़ी आ रविकिशन फौज के कमांडर. साथ में बाड़े सुशील सिंह, राजीव दिनकर, मनोज टाइगर वगैरह आ रिंकू के एक्शन के जलवा लाजबाब बा एह फिल्म में. अतने ना पिछला दिने एह फिल्म के एगो रोमांटिक सीन के शूटिंग गोरखपुर के रामगढ़ ताल में बनल वाटर पार्क में करावल गइल. सतीश अजय के संगीत पर फिल्मावल जा रहल गाना के बोल रहे, “जींस के उपर टाइट कुर्ती, टूटे ना बटनिया” आ नृ्त्य निर्देशन करत रहले रामदेवन. एह सीन में गजब के सेक्सी लागत रिंकू घोष अपना उत्तेजक अदा से पानियो में आग लगा दिहली. सबेरे सात बजे से शुरु शूटिंग दुपहरिया ले चलत रहल आ बेकाबू भीड़ सम्हारे में पूरा टीम के पसीना छूटत रहल. रविकिशन आ रिंकू के जोड़ी एहसे पहिले “बिदाई” आ “बलिदान” जइसन हिट फिल्म दे चुकल बा आ इहो फिल्म ओही सफलता के एगो कड़ी बने जा रहल बिया.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..