पानी में आग लगा दिहली कर्नल के बेटी

भोजपुरी फिल्म “केहू हमसे जीत ना पाई” में सेना के अधिकारी का बेटी के किरदार करे वाली रिंकू घोष असलो जिंदगी में सेना अधिकारी के बेटी हई. देशभक्ति पर बनल सात गो नायकन वाली एह फिल्म में रिंकू घोष एगो कर्नल के बेटी बनल बाड़ी आ रविकिशन फौज के कमांडर. साथ में बाड़े सुशील सिंह, राजीव दिनकर, मनोज टाइगर वगैरह आ रिंकू के एक्शन के जलवा लाजबाब बा एह फिल्म में. अतने ना पिछला दिने एह फिल्म के एगो रोमांटिक सीन के शूटिंग गोरखपुर के रामगढ़ ताल में बनल वाटर पार्क में करावल गइल. सतीश अजय के संगीत पर फिल्मावल जा रहल गाना के बोल रहे, “जींस के उपर टाइट कुर्ती, टूटे ना बटनिया” आ नृ्त्य निर्देशन करत रहले रामदेवन. एह सीन में गजब के सेक्सी लागत रिंकू घोष अपना उत्तेजक अदा से पानियो में आग लगा दिहली. सबेरे सात बजे से शुरु शूटिंग दुपहरिया ले चलत रहल आ बेकाबू भीड़ सम्हारे में पूरा टीम के पसीना छूटत रहल. रविकिशन आ रिंकू के जोड़ी एहसे पहिले “बिदाई” आ “बलिदान” जइसन हिट फिल्म दे चुकल बा आ इहो फिल्म ओही सफलता के एगो कड़ी बने जा रहल बिया.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।