पान भण्डार एगो लघु संसद होला : मनोज तिवारी

पान के दूकान के लघु संसद कहल जाला जहाँ हर मुद्दा पर चरचा होखेला. मोहल्ला के टपोरी से ले के रईसजादन के हकीकतो एही पान भण्डार पर बयान होले. पान के दूकान के अइसने कई गो सच्चाई भोजपुरी फिल्म यादव पान भण्डार में देखावल जाई. एह फिल्म में भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी पहिला बेर एगो पनवाड़ी के किरदार कर रहल बाड़े.


यादव पान भण्डार के निर्माण भोजपुरी सिनेमा के मधुर भंडारकर कहल जाये वाला प्रस्तुतकर्ता जितेश दूबे कइले बाड़न. फिल्म के नायिका बाड़ी भोजपुरी सिनेमा के काजोल गुंजन पंत. निर्देशक हउवें अजय कुमार.

एह फिल्म से मनोज तिवारी बहुते उत्साहित बाड़न. कहेले कि पान के दूकान पर जमे वाला लघू संसद में उहो बइठल बाड़े. ऊ एकरा के एगो जुनून के संज्ञा दिहले आ कहले कि जब मालूम भइल कि जितेश दूबे उनका के ले के यादव पान भण्डार बनावल चाहत बाड़न त मनोज तिवारी एकदमे चउँक गइले. कहले कि पान का दूकान पर माफिया से ले के राहगीर तक सभे आवेला आ अपना जिनिगी के मुसीबत झेलत पनवाड़ी ओह लोग के पान खिया के खुश होला. पहिला बेर कवनो पनवाड़ी का जिनगी पर सिनेमा बन रहल बा.

यादव पान भण्डार के शूटिंग वास्तविक लोकेशन से ले के मुंबई तक चल रहल बा. फिल्म में एक से बढ़ के एक गाना बा, एक्शन बा, रोमांसो बा. एगो गाना पान का खासियतो पर बाटे. फिल्म में मनोज तिवारी, गुंजन पंत, संजय पांडे, बृजेश त्रिपाठी आ विकास सिंह खास भूमिका में बाड़न जा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..