पापी के पाप काहे गंगा धोये रिलीज खातिर तइयार बा

भोजपुरी रीति रिवाज के विषय वस्तु पर शिक्षाविद् डा॰पी॰एन॰सिंह के बनावल भोजपुरी फिल्म “पापी के पाप काहे गंगा धोये” अब बन के तइयार बा आ रिलीज के इन्तजार में बा. अजय दीक्षित आ गुंजन कपूर के मुख्य भूमिका बा एह फिल्म में. कहानी के विलेन एगो नेता बा जवना के ज्यादती का बारे में बतावे वाला लोकगायक के ऊ मरवा देत बा. सही बात से अनजान ऊह गायक के पत्नी ओकरे घरे काम करत बिया आ लड़िका ओकरे देखरेख में पलात बा. आगा चल के ऊ लड़िका डाक्टर बन जात बा आ ओकर प्रेम एगो सवर्ण लड़की से हो जात बा. ई बाति ओह विलेन नेता के अउरी खदका देत बा बाकिर एहस पहिले कि ऊ कुछ करे ओकर पाप के घइला भर के फूट जात बा. फिल्म के शूटिंग छपरा जिला के गंजपर गाँव में करावल गइल बा. फिल्म के होली का मौका पर रिलजी करे के योजना बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।