पारी के हार के खतरा बा भारत का सोझा

सेंचुरियन का मैदान पर दक्षिण अफ्रीका के सामना करत भारत आजु तीसरा दिने हार का कगार पर खाड़ बा आ कवनो चमत्कारे ओकरा के हार से बचा सकेला. पहिला दिने १३६ रन पर ९ विकेट गँवा चुकल भारत दुसरका दिने बिना कवनो रन जोड़ले आउट हो गइल. ओकरा बाद दक्षिण अफ्रीका खेले उतरल त भारत के गेंदबाजन के अस धुनाई भइल कि ऊ चारे विकेट का नुकसान पर ६२० रन बना के पारी खतम करे के एलान कर दिहलसि. ओकरा बाद खेले उतरल भारत काल्हु दू विकेट का नुकसान पर १९० रन बनवले बा. भारत पहिलके पारी के रन का आधार पर अबहीं २९४ रन पाछा बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।